Responsive Ad Slot

Latest

निरहुआ के एंट्री से कंफ्यूजीआइल जनता

Monday, 1 April 2019

/ by Yash Pradeep

भईया लोगन चुनाव निअरा गइल बा और जेके देखा ऊ कउनो  ने कउनो राजनीतिक पार्टी ज्वाईन कइल चाहत बा। अब  अपने निरहुआ भईया के देख ला उ हो अब चाऊकिदार हो गइलें, अरे मतलब BJP ज्वाइन कई लेहने हो ।अब ते यादव भईया अउर यूपी के पब्लिकवा  कंफ्यूजिया गइल बाटे औऱ कंफ्यूजिअहिये काहे नही ,अब रॉउरे सोची अगर निरहुआ भईया वो ही जगह से चुनाव लड़े जहा से अखिलेश यादव जी लड़त बानी अउर रउआ यादव हई और दुनो नेतवो यादव हवे , एगो नेता अउर दुसरका अभिनेता और रउआ दोनों के प्रसंसक हई ते रउआ के के वोट देब। आपहु  कंफ्यूजीआ गइली ने । ईहे हाल भईल बा यादव भईया लोगन के जे जाति देख के वोट देवेला।
एक ओर अखिलेश यादव जी बानी जे पिछले बेर यूपी के  मुख्यमंत्री रहले। उनपर भ्र्ष्टाचार के आरोप बा, CBI के जांच चलत बा लेकिन उनके लगे राजनीति के अनुभवो ते बा , उ शासन ,प्रशासन सब जानत बाटे, एगो बढ़िया नेता हवे, जनता के ख़ातिन बहुत कुछ कइले बाटे, और यादव भईया लोगन ते उनके खूब  प्यार करे ले।।
अउर दूसरे ओर निरहुआ भईया यानी दिनेश लाल यादव जी बाने जेकरा लगे राजनीति के अनुभव ते नाही बा लेकिन खुद के भोजपुरिया स्टार सुनले के अनुभव खूब बा। ई गांव-घर से आये वाला अभिनेता हवे, जमीन से जुडल रहे ले, ई गांव के गरीब जनता के दुःख-दर्द ,परेसानी बढ़िया से समझत होइहे अऊर इनहू के यूपी और बिहार के जनता खूब प्यार करेले।निरहुआ के जीतले के प्लस पोइन्ट ई बा कि ई मोदी और योगी के आड़ में चुनाव लड़त बाटे।
अश्विनी विश्वकर्मा-
2019© all rights reserved
INVESTO STAR