प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी द्वारा शुरू कइल गईल कैंपेन "मैं भी चौकीदार हूँ " में देश के ढेर सारे BJP नेता और नरेंद्र मोदी के समर्थक खुद के चौकीदार कहत बाने। सोशल मीडिया में ई हैशटैग के साथे ट्रेंड करत रहल पर जइसे ही प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी ने ट्वीटर पर आपन नाम बदल के "चौकीदार नरेंद्र मोदी " कइले यानी कि अपने नमवा से पहिले चौकीदार जोड़ने एगो नया ट्रेंड शुरू हो गइल । फिर का रहे एक बाद एक BJP नेता लोगन, कार्यकर्ता लोगन, और मोदी के चाहे वाला भी अपने नमवा के आगे चौकीदार जोड़ देहले।।
अब हमार सवाल ऊ सब सोशल मीडिया चौकीदार लोगन से ई बा की का अपने सोशल अकॉउंटवा पे चौकीदार जोड़ देहले से ऊ सही में चौकीदार हो गईले?
का अब ऊ खुद चोरी नाही करिहें?
का उ दूसरे के भी चोरी करे नाइ दिहे?
का अब ऊ अपने घर , गावँ ,नगर, जिला,राज्य अउर देश के रखवारी ईमानदारी से करिहें??
Ashwani Vishwakrma
No comments
Post a Comment